About Us
परनाम!स्वागत बा राउर रियल भोजपुरी डॉट कॉम प। टीम रियल भोजपुरी आपन भोजपुरी प...
Real Bhojpuri Poll
 
भारत से बाहर भोजपुरी कहाँ बोलल जाला
सिंगापुर
मारीशस
फिजी
सब जगह
    

Articles

  • बॉलीवुड के डूबत नैया के कारण अक्षय कुमार बाड़ें त भोजपुरी के ई गत के कइले बा?: ओइसे भी अक्षय कुमार एह घरी बड़ा लोग के टारगेट पर बाड़ें. ऊ जबसे विमल पान मसाला के ऐड में लउकलें, लोग उनके खूब ट्रोल कइल आ उनके विरोधियन के एगो बड़हन लिस्ट बन गइल. उनके फिल्मन के फ्लॉप होखे के बीच ई गुस्सा भी बा कि ऊ जब सेहत खातिर एतना बढ़चढ़ के बोलेलें त फेर गुटखा के काहें परचार कइलें. अब उनके एह बात के आरोप भी लाग रहल बा कि ऊ फिल्मन खातिर बिल्कुल टाइम ना देलें, ना ही अपना कैरेक्टर पर काम करेलें. अक्षय कुमार के एह बात खातिर भी आलोचना होला कि उनके हर साल कई गो फिल्म रिलीज होला, जे से दर्शक उनके देख देख के बोर हो गइल बाड़ें, अब ऊ नीरस हो गइल बाड़ें. त कहे के माने, कि अक्षय कुमार भी एगो मुख्य कारण बाड़ें बॉलीवुड के डूबत नइया के पीछे, अइसन लोग कहत बा. एह में आपन बयान देके विवाद में अभिनेत्री जान्हवी कपूर के पिता बोनी कपूर भी शामिल हो गइल बाड़ें. का बा उनके बयान, आईं पहिले ऊ जानल जाव. https://hindi.news18.com/news/entertainment/bhojpuri-boney-kapoor-speaks-on-akshay-kumar-flop-film-and-know-who-is-the-reason-of-bhojpuri-flop-manoj-bhawok-4875783.html

    1 views

Website Security Test