About Us
परनाम!स्वागत बा राउर रियल भोजपुरी डॉट कॉम प। टीम रियल भोजपुरी आपन भोजपुरी प...
Real Bhojpuri Poll
 
भारत से बाहर भोजपुरी कहाँ बोलल जाला
सिंगापुर
मारीशस
फिजी
सब जगह
    

Articles

  • कोलकाता के स्वादिष्ट दुपहरिया के भोजन: कहीं- कहीं त मिष्टी दही का संगे ई तीनो मिठाई रहेली सन. आजुओ जे खाए के सौखीन बा, ओकरा भोजन में ई कुल चीज ना रही त ओकरा भोजन अधूरा लागी. अच्छा मजा ई कि मछरी के झोल में भी आलू, टमाटर रहेला आ आलू दम में आलू का संगे टमाटर रहेला. हरदी, लहसुन, पियाज आ अदरख मछरियो का झोल में परेला आ आलू दम में भी. अब रउरा मन में आवत होई कि कौना मछरी के झोल? त सरकार बंगाल में झोल वाली नाना प्रकार के मछरी बाड़ी सन, जइसे- हिलसा (बांग्ला में उच्चारण- इलिस), रोहू (बांग्ला उच्चारण- रुई), कादला, गुर्जवाली, पाब्दा, पाम्लेट, सोल, बोयाल, भेटकी.. वगैरह- वगैरह. अच्छा हिलसा समुद्री मछरी ह. एकरा में ओमेगा-3 पावल जाला. रोहू त हमनी के भोजपुरिया समाज में भी बड़ा प्रेम से खाइल जाले. बांग्ला समाज में हिलसा, रोहू आ कादला मछरी के प्रति एगो अलगे आकर्षण रहेला. हर मछरी के बनावे के अलग- अलग तरीका होला, बाकिर एह कुल्ही में झोल (अपना पसंद के अनुसार पातर भा गाढ़ मसाला के रस) जरूर रहेला. इहे झोल जब भात का संगे सानि के चटनी आ कुर्र- कुर्र सलाद का संगे जब खाइब त बस मन में आनंद के लहर उठे लागी आ राउर आंखि आटोमेटिक मुंदा जाई. जे शाकाहारी बा ओकरा ई आनंद आलू के झोल, परोरा (परवल) आ कटहर के झोल में मिल जाला. कटहर के तरकारी के मांस के शाकाहारी विकल्प कहल जाला. माने जौन मजा रउरा मांस- मछरी खा के पाइब, ऊहे मजा रउरा कटहर के गरम मसाला देके बनल झोल में मिल जाई. बल्कि मांसाहारी लोगन से भी ढेर आनंद कटहर के नीमन बनल झोल में आ जाई. एगो बात अउरी, आजुओ एह मान्यता के माने वाला लोग बाड़न कि जौन मसाला सिलबट्टा पर पीस के तैयार होला ओकर मोकाबिला ग्राइंडर- मिक्सर के पीसल मसाला ना करी. हालांकि हम एह बात के नइखीं मानत, बाकिर भोजन के कुछ सौखीन लोग आजुओ एह बात पर अड़ल बा. https://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/kolkatas-special-lunch-in-bhojpuri-vinay-bihari-singh-4668285.html

    1 views

Website Security Test