About Us
परनाम!स्वागत बा राउर रियल भोजपुरी डॉट कॉम प। टीम रियल भोजपुरी आपन भोजपुरी प...
Real Bhojpuri Poll
 
भारत से बाहर भोजपुरी कहाँ बोलल जाला
सिंगापुर
मारीशस
फिजी
सब जगह
    

Articles

  • आजकाल्ह दसवीं, बारहवीं आ दीगर इम्तिहान के नतीजा अइला पर कई किसिम के अनहोनी देखे-सुने के मिलि रहल बा. केहू बस एगो परीक्षा में फेल हो गइला प खुदखुशी कऽके अपना अनमोल जिनिगी से हाथ धो बइठत बा,त केहू बाप-महतारी के उमेदि के मुताबिक नंबर ना अइला प आपन जान गंवा देत बा.: राजस्थान के कोटा के शिक्षण संस्थान कोचिंग करावे खातिर मशहूर मानल जालन स. बाकिर उहवां कोचिंग कइला के बाद जब एगो लरिका के अस्सी फीसदी अंक आइल,त बाप-महतारी अतना कोसलन कि कोंचि-कोंचि के ओह सुकवार सपूत के आपन जान देबे प अलचार कऽ दिहलन. अइसहीं बिहार के नालंदा जिला के एगो कमांडेंट के बेटा सूरज जब भगवान भास्कर लेखा बारहवीं में आपन तेज ना देखा पवलस आ इम्तिहान के नतीजा अइला प जब फेल हो गइल, त ऊ फांसी लगाके एह निठुर दुनिया से मुकुती पा लिहलस. एह सीजन में जइसे-जइसे बोर्ड के इम्तिहान के नतीजा आवेला, एह किसिम के दिल दहलावे वाली वारदात देखि-सुनि भा पढ़िके संवेदनशील मनई के मन बेचैन हो जाला. आजु जब हरेक जगहा धक्का-मुक्की बा,पेपर लीक आ पइसा-कउड़ी के खेला-कुचाल जारी बा, एमें ईमानदारी से पढ़ाई के तय्यारी करे वाला खातिर इंसाफ के उमेदिओ कइसे कइल जा सकेला! बाकिर माई-बाप आ अभिभावक के जरूरत से ज्यादा दबाव आल्हर करेज लरिकन के खुदकशी नियर निरनय लेबे खातिर मजबूर कऽ देला. ढेर अभिभावक त आपन नाकामयाबी लरिकन प लादिके हर हाल में ओकरा के कामयाब देखल चाहेलन. उन्हुकर दिली मंशा होला कि लरिका-लरिकी उन्हुका इशारा प कदमताल करत कामयाब रोबोट के भूमिका निबाहत रहसु आ पढ़ाई कऽके अधिका से अधिका धन-दउलत उगाहेवाली मशीन बनि जासु,जवना से ऊ ऐश-मउज करि सकसु! Source:https://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/why-exams-too-important-for-students-bhojpuri-bhagwati-prasad-dwivedi-4441766.html

    2 views

Website Security Test