Articles
22 साल पहिले बिहार से चोरी भइल रहे 2.5 किलो यूरेनियम?: मदनमोहन जी नीलकांत पs एक नजर डाल के आपन किताब समेटे लगले. पूछले, का नीलकांत, कइसे अइलs ? तब नीलकांत अखबार निकाल के टेबुल पs राख देले, ई खबर पर राउर का प्रतिक्रिया बा ? यूरेनियम के बरामदगी काहे अतना सेंसेटिभ मामला मानल जा रहल बा? 11 अफगानी के गिरफ्तार होखे से का कवनो टेंशन के बात बा ? मदनमोहन जी एक साथे अतना सवाल सुन से हंसे लगले. कहले, तनी धीरज धरs. ई खबर हम पढ़ चुकल बानी. नेपाल में एक साल पहिले भी अढ़ाई किलो यूरेनियम पकड़ाइल रहे. नेपाली अखबार ‘काठमांडू पोस्ट’ के मोताबिक ऊ यूरेनियम बिहार से करीब 22 साल पहिले चोरावल गइल रहे. नीलकांत के जिज्ञाषा अउर बढ़ गइल. पूछले, बिहार से कइसे भइल रहे यूरनियम के चोरी ? Source: https://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/2-5-kg-uranium-was-stolen-from-bihar-22-years-ago-ashok-kumar-sharma-bhojpuri-4428431.html
1 views