About Us
परनाम!स्वागत बा राउर रियल भोजपुरी डॉट कॉम प। टीम रियल भोजपुरी आपन भोजपुरी प...
Real Bhojpuri Poll
 
भारत से बाहर भोजपुरी कहाँ बोलल जाला
सिंगापुर
मारीशस
फिजी
सब जगह
    

Articles

  • गरीब के 'सेव', अमीर के सेव से महंगा: एघरी अमरूद के भाव टाइट रहत बा आ ओपर से अमरूद के नयका वैराइटी कुल बाजार में बवाल कइले बाड़न स. देखे में अइसन सुंदर कि खूबसूरत परी लोग लजाइ के मुंह छिपा लेस आ ओपर से उहनी के टेस्ट ! दांत मजबूत बा त चबा चबा के रस के मजा लीहीं, दांत कमजोर बा त पाकल अमरूद के बस मुंह में डाल लिहीं, बंगाली रसगुल्ला जइसन मुंह में घुल जाइ. अमरूद के खेती में कौनो जादा लफड़ा भी नइखे. एकर गांछ जादे नाज नखरा वाला ना ह. कइसनो माटी में मजबूती से खड़ा रहे ला. वइसे तनि बलुई-दोमट माटी मिल जाइ तो ओकरा में अमरूद के गांछ औरी फनफना के बढ़ी. आपन पूरा पूर्वांचल के इलाका में अइसन माटी के कौनो कमी नइखे. माटी में जोर देबे खातिर ओकरा में दबा के कम्पोस्ट दिहीं. वर्मी कम्पोस्ट से बढ़िया कुछु और ना होला. वर्मी कम्पोस्ट में दिक्कत होखे त फेन गोबर के सड़ल खाद दिहीं. दू तीन साल के सड़ल गोबर. कच्चा गोबर भूलइलो थाला में मत डालब. लेनी के देनी पड़ जाइ. थाला दू बित्ता के आसपास गहीर रखब. एक हाथ के लगभग गोलाई. थाला में खर पतवार के नामों निशां ना होखे के चाही. माटी के बढ़िया से तुर देब. ढेला एकहू ना रहे। गांछ लगावे समय साठ परसेंट के आसपास माटी रखब, चालीस परसेंट के आसपास कम्पोस्ट. माटी आ कम्पोस्ट के मिक्सर के बढ़िया से धूप में सुखा लेब. Source:https://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/guava-has-become-costlier-than-apple-price-in-india-bhojpuri-shashi-kant-mishra-4391107.html

    3 views

Website Security Test