Articles
नीम से लगाईं निशाना, कीड़ा मकौड़ा के भेंटाइ ना कौनो ठिकाना: किसान भाई लोग इ कीड़ा मकौड़ा से लड़े में हांफ जात बा लोग. एक से बढ़कर एक महंगा महंगा कीटनाशक स्प्रे लेकिन इ कीटाणु विषाणु इतना बेशर्म कि सब पता जात बाड़न स. ऐही समय याद आवत बा आपन नीम. दुनिया के सबसे बड़ कीटनाशक. पावर एतना कि बरियार से बरियार कीटाणु विषाणु एकरा आगे हरदी गुरदी बोल दिहन. खास बात बा कि नीम के पोर पोर, पत्ता पत्ता, फर से ले के जड़ तक सब फायदेमंद होला. निम्बोला जेतना गुणकारी, ओतने गुणकारी नीम के पत्तई, नीम के छाल के आपन अलग असर. नीम के रस खेती के खातिर जेतना फायदेमंद, ओतने फायदमंद नीम के खाद. आ सबसे खास बात इ बा कि नीम के जैविक खाद आ कीटनाशक एक तरफ त हानिकारक कीड़ा मकौड़ा के सफाचट करे ला, दोसरा तरफ उ राऊर माटी आ गांछ के मजबूत भी बनावेला. मतलब एगो नीम से डबल फायदा. नीम से खाद आ कीटनाशक बनावे के तरीका भी एकदम आसान बा. कौनो जादे झंझट ना. नीम के पत्तई, फर निम्बोली, सूखल डंठल, नीम के जे कुछ भेंटा जाए, ओकरा के बढ़िया से धो पोंछ के पानी में फूला दिहीं. हरा नीम के पत्ता भी ओतने मजा दिही, जेतना सूखल. निम्बोली के सीजन में पूरा गांछ नीम के फर से लद जाला. ओकरा के कच्चा ना तोड़े के चाहीं. निम्बोली के पके के इंतजार करीं. पकल निम्बोली अपने आप टपक जाइ. टपकल निम्बोली के यूज करीं. डबल फायदा दि उ. नीम के छाल ना छीलें के चाहीं. काहें कि ऐकरा से नीम के गांछ कमजोर हो जाला. गांछ कमजोर हो जाइ त ओकरा पर फरो कम आइ, पत्तियो कम होई. नीम के इ सब आइटम के एक दिन साफ पानी में फूलल रहे दिहीं. ओकरा बाद उहे पानी के उबाले शुरू करीं. कौनो बड़ बर्तन में. नीम के फर, पत्तई पांच किलो बा त पानी कम से कम बीस लीटर रखीं. तेज आंच में मत उबालब. धीमा धीमा आंच पर ऐकार के उबालीं. उबाले समय बर्तन के जरूर ढक के रखब ताकि भाप के तौर पर नीम के तत्व उड़ ना जाए. इ बीस लीटर पानी जब जर के दस लीटर के आसपास रह जाए त ऐकरा के उतार लेब. पूरा मैटेरियल के ठंडा होखे दिहीं. Source:https://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/benefits-of-neem-know-here-facts-shashi-kant-mishra-bhojpuri-4340293.html
2 views