Articles
खाइब त दवाई, बेचब त तगड़ा कमाई !: आंवला राऊर शरीर के अंदर आ बाहर से एतना मजबूत बना देला कि बड़ बड़ बीमारी रऊरा शरीर पर बइठला के साथे बिछला के गिर जाइ. कौनो साइंटिफिक प्रमाण त नइखे भेटाइल लेकिन मानल जा रहल बा कि कोरोना जइसन महामारी से लड़े में भी आंवला के कौनो जोड़ नइखे. इ त होइल आंवला के औषधीय गुण. अब चलीं आंवला से कमाई के बात कइल जाव. शुरूआत होखे आंवला के खेती से. दुनिया में आंवला ही अइसन खेती ह जे कौनो टाइप के माटी में बमबमा के होला. काली, पीली, दोमट, रेह, ऊसर हर तरह के माटी में आंवला के फेड़ फनफना के बढ़ेला. सेवा सुश्रुषा बढ़िया से करब त गांछ और जल्दी तैयार आ मजबूत हो जाइ. खाद में सबसे बढ़िया वर्मी कम्पोस्ट बा. ओकरा में दिक्कत बा त गोबर के सड़ल खाद डालीं. नयका गोबर ना. उ राऊर गांछ के फायदा के जगह नुकसान पहुंचा दिही. दू तीन साल के सड़ल गोबर डालीं, गांछ मुस्करा के राऊर स्वागत करी. Source: https://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/cultivation-of-amla-farming-income-benafits-bhojpuri-shashi-kant-mishra-4324208.html
2 views