Articles
पर्यावरण विशेष: पर्यावरण बचा लीं जदि अपना लइका पोता खातिर खुशहाल भविष्य चाहत बानी: जलवायु परिवर्तन के चलते भी दुनिया में सब कुछ उथल-पुथल हो गइल बा. घाम होता त एतना कि आदमी, जानवर सभके झोंकर देsता, बरखा एतना होता कि जहवाँ सैकड़ो साल से अल्पवर्षा के इतिहास रहल बा, उहवाँ बाढ़ आ जाता. ओसहीं ठंडी लोग के हाँड़ कंपकंपा देता. ई सब मनुष्य के करनी धरनी ह. जीव के ई प्रजाति जेकरा के आदमी कहल जाला, सबसे लोभी होला. एह धरती पर जदी सबसे ढेर केहू अत कइले बा त ऊ आदमिए बा. पर्यावरण दिवस बीतल ह, हर साल बीतेला बाकिर हमनी के ओकरा खातिर कवनो विशेष प्रयोजन नइखी जा करत. एसी लागत बा गर्मी से बचे खातिर आ उहे एसी हानिकारक गैस छोड़ के गर्मी बढ़ा रहल बा. कहे के माने जवना डाढ़ी पर बइठल बानी जा, उहे काटियो रहल बानी जा. समय त हालांकि निकल गइल बा हाथ से, बाकिर जेतने बाचल बा, जदि ओकरा दरम्यान हमनी के पर्यावरण बचावे के पुरजोर कोशिश ना कइनी जा त बुझीं अगिला पीढ़ी के त जीवन दूर बा, हमनिए के जीवन काल में धरती प्रलय के गाल में समा जाई. Source : https://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/world-environment-day-2022-if-you-want-future-then-save-the-trees-bhojpuri-manoj-bhawok-4301764.html
2 views