About Us
परनाम!स्वागत बा राउर रियल भोजपुरी डॉट कॉम प। टीम रियल भोजपुरी आपन भोजपुरी प...
Real Bhojpuri Poll
 
भारत से बाहर भोजपुरी कहाँ बोलल जाला
सिंगापुर
मारीशस
फिजी
सब जगह
    

Articles

  • ड्रैगन फ्रूट्स के करीं खेती, गिफ्ट में भौजाई के दिहीं हीरा-मोती!: आपन भोजपुरिया बेल्ट के नया सनसनी बा ड्रैगन फ्रूट्स. पूर्वांचल से ले के बिहार के सीमांचल तक, कई गो किसान भाई लोग एकर खेती से लाखों पीट रहल बाड़न. असल में ऐकर खेती के सबसे अच्छा बात इ ह कि एकरा के उपजावे में कौनो जादा झंझट नइखे, आ ऊपर से कमाई दबाइ के. एक बार गांछ लगाइं आ 20-25 साल तक कमाई करीं. ड्रैगन फ्रूट के खेती खातिर माटी दोमट आ बलुई होखे के चाहीं. माटी के मजबूती देखते हुए ओकरा में कम्पोस्ट डालीं. वर्मी कम्पोस्ट सबसे बढ़िया होइ. वर्मी कम्पोस्ट ना होखे त गोबर चाहें घेघुआ के खाद दिहीं. पानी के बस ऐतना ध्यान रखब कि जड़ में जादा समय तक पानी जमा ना होखे. टेम्परेचर 20 डिग्री सेल्सियस से 30 डिग्री सेल्सियस के बीच आइडियल होला. जादा गर्मी होखे त छांव के इंतजाम करे के पड़ी. माटी के पीएच मान के जरूर चेक करा लेब. पांच से सात के बीच के पीएच मान अच्छा रही. और पढ़ींhttps://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/cultivate-dragon-fruits-and-earn-more-money-bhojpuri-shashi-kant-mishra-4267901.html

    2 views

Website Security Test