Articles
कॉकटेल मिठाई के गजब के सवाद: रउरा ओमें से जौन मन करे खाए के बा. त पहिले रसगुल्ला खइनी, फेर आगा बढ़नी आ गुलाब जामुन खइनी. फेर पेड़ा भा रसमलाई खइनी. तब जाके सनपापड़ी खइनी. लागता कि अब एगो मिठाई,एक बार में खाए के चलन बदलता आ कॉकटेल मिठाई के चलन शुरू भइल बा. अभी ई फइलल नइखे. एकर प्रचारो नइखे भइल. ई कॉकटेल कौनो दोकान पर नइखे मिलत. एकरा के लोग घर में एक मिनट में तेयार क देता. पहिला कॉकटेल- कम मीठ रसगुल्ला के रबड़ी में सानि के प्लेट में ध दिहल जाता आ ओकरा पर तनकी भर गजरा के हलुआ डाल दिहल जाता. ई हो गइल रसगुल्ला- रबड़ी- हलुआ कॉकटेल. अब रउरा चकित होखब कि ई कौन प्रयोग ह?एकर सवाद कइसन लागत होई?त सरकार, हम पड़ोस में एगो पारिवारिक समारोह में, चिखला का बाद बतावतानी- बहुते सवाद बा एह कॉकटेल में. https://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/know-everything-about-cocktail-mithai-taste-bhojpuri-vinay-bihari-singh-4275247.html
2 views