Articles
नौ बात के रखीं ख्याल: नींबू से नोट टपकी!: नींबू के खेती में पहिला मोर्चा है माटी के. नींबू के खेती खातिर माटी मजबूत होखे के चाहीं. बलुई दोमट माटी सबसे बढ़िया होला. दोसरो माटी में मेहनत कइके नींबू हो सके ला लेकिन उ माटी के पीएच मान 5.5 से 6.5 के बीच होखे के चाहीं. माटी के बाद बात मौसम के. गर्म आ नम जलवायु में नींबू बमबमा के बढ़ेला लेकिन पाला के देखते नींबू दुबक जाला. पाला लंबा समय तक रहि गइल त नींबू राम स्वर्गो सिधार जइहिं. ऐही से अगर राउर बेल्ट में ठंडा पाला के ड्यूरेशन लंबा होखे त नींबू के खेती भूलाइलो मत करब. Learn morehttps://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/know-the-tips-of-earn-more-money-by-cultivation-of-lemon-shashi-kant-mishra-bhojpuri-4245600.html
3 views