Articles
शनि के साढ़े साती अउर ढैया में का करे के चाहीं: सोशल मीडिया पर कुछ लोग शनि के प्रकोप के लेके बहुते डेरवावता. कहता लोग कि हई खराब होई, हऊ खराब होई. त भगवान ग्रहदशा के पेंच देले बाड़े त ओकरा से निकले के उपाय भी देले बाड़े. त काहें ना ओह उपाय से हमनीं का चैन के जीवन जीयल जाउ?ग्रह दशा के कारन हर आदमी का जीवन में उतार चढ़ाव आवेला आ जाला. बाकिर चालाकी ईहे बा कि ओह दुख, तकलीफ आ परेशानी के कइसे जल्दी से भगा दिहल जाउ. ग्रह- दशा ओकरो के प्रभावित करेला जे ज्योतिष मानेला आ ओकरो के प्रभावित करेला जे नास्तिक बा आ ज्योतिष के गरियावेला. कुछ लोग ज्योतिष के मन भर गरिया के बड़ा संतोष पावेला.https://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/what-will-one-have-to-do-in-shani-ki-sadhe-saati-and-dhaiya-bhojpuri-vinay-bihari-singh-4217243.html
2 views