About Us
परनाम!स्वागत बा राउर रियल भोजपुरी डॉट कॉम प। टीम रियल भोजपुरी आपन भोजपुरी प...
Real Bhojpuri Poll
 
भारत से बाहर भोजपुरी कहाँ बोलल जाला
सिंगापुर
मारीशस
फिजी
सब जगह
    

Articles

  • तनी मनी अकिल लगाईं, नकली खाद से फसल बचाईं: पहिले से खाद के दाम आसमान पे, दोसरे खाद के किल्लत आ अब नकली खाद के गोरखधंधा ! किसान कमहिएं का, खहिएं का ? खाद के कीमत आ ओकर किल्लत पर त राउर कौनो कंट्रोल नइखे लेकिन रऊंवा नकली खाद से जरूर बच सकत बानी. इ लेख में उहे सब नकली खाद के पहिला पहचान ओकर बोरा से करे के चाहीं . ऑरिजनल खाद के बोरा पर खाद से जरूरी हर जानकारी ठीक से लिखल रहेला आ ओकर सील ठप्पा एकदम चुस्त दुरूस्त रहेला जबकि नकली खाद के बोरा पे लिखाई साफ ना रहेला . ऐकरा अलावे ओकर सील पैक कमजोर रहेला . खाद के दोसर पहचान ओकर दाना से करे के चाहीं . ऑरिजनल खाद के हर दाना एक बराबर होला . ओकर साइज में सुतियो भर के फरक ना होला काहें कि उ सब दाना मशीन के एक ही साइज से निकले ला लेकिन नकली खाद के दाना छोट बड़ होला . रऊंवा दाना के साइज देख के पता लगा सकेनी कि खाद नकली बा या असली . खाद के पहचान रऊंवा ओकरा के पानी में डाल के भी कइ सकेनी . जे असली खाद होला, उ पानी में तुरंते घूल जाला काहें कि सब खाद फैक्ट्री खाद अइसने बनावेली सन जे आसानी से पानी में घुल जाए लेकिन नकली खाद कंकड़ निहर होला . उ बहुत देर से पानी में घुलेला, ओकर कई गो दाना त घुलबो ना करेला . ऐकरा अलावा रऊंवा अलग अलग खाद के अलग अलग तरीका से जांच सकेनी . जइसे डीएपी के लीं . ऑरिजनल डीएपी के दाना तनि कड़ा होला आ ओकर रंग भूरा आ काला होला . असली डीएपी के दाना आसानी से ना टूटेला . ओकरा में तनि चूना मिलाइ के भी रऊंवा असली नकली के पहचान कइ सकेनी . खैनी की तरह चूना लगाइके रऊंवा डीएपी के असली दाना के लटयाइब त ओकरा से बाऊर करे वाला गंध निकले ला . रऊंवा ओकरा के सूंघ नइखी सूंघ सकत लेकिन नकली डीएपी से अइसन कौनो गंध ना निकली . गर्म तवा पे रख के भी रऊंवा डीएपी के पहचान कइ सकेनी . डीएपी के असली दाना गरम तवा पे रोटी जइसन फूल जाला . यूरिया के मामले में इ उल्टा होला . ऑरिजनल यूरिया के दाना के गरम तवा पे रखब त पहिले उ पिघली आ ओकरा बाद उड़ जाइ . ऑरिजनल यूरिया के पहचान ओकर कलर से भी हो जाला . असली यूरिया के दाना झक सफेद आ चमकदार होला . ओकरा के रऊंवा हाथ में लेब त रऊंवा ठंडा लागी . एकदम कूल कूल जइसन फीलिंग आई . ओकरा के पानी में डालब त चट से घुल जाइ लेकिन नकली यूरिया के दाना ना त ठंडा लागी, ना ही पानी में तुरंते घूली . असली नकली खाद के लफड़ा में रऊंवा आपन जिला के किसान सेवा केंद्र के भी हेल्प ले सकेलीं . हर किसान केंद्र पर टेस्टिंग किट होला जे साइंटिफिक तरीके से जांच के बता देला कि खाद असली बा या नकली . जौन खाद के ले के रऊंवा मन में तनियो मनियो डाउट होखे, ओकरा के ले पहुंच जाइं किसान केंद्र पे . खाद असली बा त वाह वाह, नकली निकले त तुरंते उ खाद आ खाद विक्रेता के खबर अधिकारी के दीं. आपन खेती के नकली खाद से जेतना बचावल जरूरी बा, ओतने जरूरी बा नकली खाद के धंधा करे वाला लोग के भीतर पहुंचाइल. (शशिकांत मिश्र वरिष्ठ पत्रकार हैं, आलेख में लिखे उनके विचार निजी हैं.) https://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/save-crop-from-spurious-manure-in-bhojpuri-3865404.html

    2 views

Website Security Test