About Us
परनाम!स्वागत बा राउर रियल भोजपुरी डॉट कॉम प। टीम रियल भोजपुरी आपन भोजपुरी प...
Real Bhojpuri Poll
 
भारत से बाहर भोजपुरी कहाँ बोलल जाला
सिंगापुर
मारीशस
फिजी
सब जगह
    

Articles

  • Bhojpuri: कोरोना बाद सिनेमाघर खुलते हिंदी के साथे भोजपुरी में भी आवे वाला बा फिल्मन के बाढ़: सिनेमाघर के ढंग से खुलला के बाद जवन बड़ फिल्म रिलीज भइल ह उ ह अक्षय कुमार के सूर्यवंशी. रोहित शेट्टी के कॉप यूनिवर्स के ई चौथा फिल्म बॉक्स ऑफिस पर सिनेमा के संजीवनी साबित भइल बा. दर्शक फेर सिनेमाहॉल के ओर आइल चालू हो गइल बाड़ें. एही बीच रजनीकांत के तमिल फिल्म अन्नाथे रिलीज भइल ह अउरी ई भी वर्ल्डवाइड कलेक्शन में धूम मचवले बा. दुनु फिल्म कलेक्शन के 200 करोड़ के आंकड़ा पार कर गइल बाड़ी सन. ओने मार्वल के फिल्म एटरनल रिलीज भइल बा, जवन अच्छा बिजनेस कर रहल बिया. कहे के माने बा कि जइसे कोरोना काल में ऑडिएंस सिनेमाहॉल के विकल्प के रूप में ओटीटी पर शिफ्ट भइल रहल ह, अइसन बुझात रहल कि सिनेमाघरन के का होई. लेकिन भगवान के दया से फिल्म जगत के साथे डिस्ट्रीब्यूटर अउरी सिनेमाहॉल मालिक लोग के राहत मिलल बा. इहे कारण बा कि लोग ऑडियंस के सिनेमा के भूख के जल्दी जल्दी कैश करे के जुगाड़ में लागल बा अउरी जेतना जल्दी हो सके आपन फिल्मन खातिर स्क्रीन लेबे के चाहत बा. तबे त हर शुक्रवार के दू दू गो बड़ फ़िल्म सिनेमाहॉल में टकरात बाड़ी सन. अब एही सप्ताह देखीं ना, शुक्रवार के जॉन अब्राहम के सत्यमेव जयते आ सलमान खान अउरी उनके बहनोई आयुष शर्मा के फ़िल्म अंतिम रिलीज हो रहल बा. साथ में नुसरत भरुचा के फिल्म ‘छोरी’ भी रिलीज हो रहल बा, बाकिर एकर डिजिटल रिलीजिंग होइ अमेजन प्राइम पर. अइसने हाल क्षेत्रीय भाषा के फिल्मन के भी बा. भोजपुरी, पंजाबी, मराठी, तमिल, तेलुगु, मलयाली, कन्नड़ हर जगह दू साल से रुकल फिल्मन के लोग हाली हाली रिलीज कर रहल बा कि जइसे होखे पैसा निकाल लिहल जाव. बाकी कमाई त फिल्मन अउरी ओकर म्यूजिक के सैटेलाइट आ डिजिटल राइट्स बेच के हो जाई. देखीं अब फिल्मन के कमाए के कई गो साधन हो गइल बा. पहिले वाला दौर गइल जब फिलिम ना चले त प्रोड्यूसर के कपड़ा ले बेचा जाव. आजकल प्रोड्यूसर नुकसान में आवेला त अपना गलती से. काहें कि जब से फिल्म इंडस्ट्री के डिजिटलाइजेशन अउरी ग्लोबलाइजेशन भइल बा, तबसे प्रोड्यूसर के भाग चमकल चालू हो गइल बा. भोजपुरी में भी लगातार फिल्मन के प्रोमो रिलीज हो रहल बा अउरी सिनेमाघर में दर्शक आइल शुरू कर देले बाड़ें. हालांकि तथ्य ई भी बा कि भोजपुरी फ़िल्म देखावे वाला सिंगल स्क्रीन अब धीरे-धीरे घटत जा रहल बा अउरी मल्टीप्लेक्स के रूप लेत जा रहल बा. बाकिर भोजपुरी सिनेमा आपन गुणवत्ता बढ़ावे के तइयारे नइखे. एतना हो हल्ला आ वादा-दावा के बादो भोजपुरी आपन पुरनके ढर्रा पर चल रहल बा. आवे वाला दिन में जवन कुछ फ़िल्म देखे के मिले वाला बा, ओमें बा पवन सिंह के बहुत दिन से रिलीज के बाट खोजत फ़िल्म बॉस. ई फिल्म कोरोना लहर आवे से पहिलही बनल शुरू हो गइल रहे. एह फिल्म में हिंदी मराठी के प्रसिद्ध अभिनेता निर्देशक महेश मांजरेकर मुख्य विलेन बनल बाड़ें. फिल्म के कथा रामगोपाल वर्मा के 90 के दशक के सिनेमा से प्रेरित लागत बा जहां मुम्बई के गैंगवार के कथा के प्रमुखता रहे. भोजपुरी टच लियावे खातिर बनारस अउरी बनारसी लोकल गुंडन के इंट्रोड्यूस कइल गइल बा. पवने सिंह के लन्दन में शूट भइल फ़िल्म मेरा वतन भी आ रहल बा. पवन आपन मोंछ मुंडा अवतार में ढेर दिन बाद आइल बाड़ें. कहानी उहाँ के भारतीय मूल के लइकी आ पवन के प्रेम कहानी के इर्द गिर्द बनल बा. सब उहे अजमावल भा हिंदी से प्रेरित मसाला डालल बा. दिनेशलाल यादव निरहुआ के दू गो फ़िल्म लाइन में बा, हम हैं दूल्हा हिंदुस्तानी आ आई मिलन की रात. हम हैं दूल्हा हिंदुस्तानी रोमांटिक कॉमेडी फिल्म बा जवन बाद में भावुक हो जाता. निरहुआ डील के तहत एगो लइकी से बियाह कर लेता जवन ओकरा प्रेमिका के बड़ बहिन बिया. फेर इहें से फिल्म में दांव पेंच शुरू होता. निरहुआ के दोसरका फ़िल्म के कथा हॉरर आ पुनर्जन्म पर बा. एगो चरवाहा जमींदार के बेटी से प्यार कर लेत बा जेकर चलते दुनु के जान चल जाता. वापस पुनर्जन्म होता आ निरहुआ के उहे रूप मिलत बा, बाकिर लइकी के आत्मा भटकत बा. निरहुआ के एह जन्म के प्रेमिका पर आत्मा के साया हो जाता आ फेर बदला के खेल शुरू होता. प्रदीप पांडे चिंटू नायक के अलावा गायकी के रास्ता भी चुन लेले बाड़ें. शायद इहवें कृपा रुकल होखे; भोजपुरी में गायक हीरो ही चलेलें नू. उनके फिल्म आवत बा ससुरा बड़ा सतावेला. नामे से साफ बा ससुर बचपने में अरेंज भइल प्रेम बियाह के खिलाफ बा, काहें कि ओकर मन बदल गइल बा. अरविंद अकेला कल्लू के भी दु गो फ़िल्म लाइन में बा. पहिला कल्लू कृष्णन आ दुसरका आन बान शान. एगो फिल्म बेरोजगारी पर बा, दुसरका परिवार के इज्जत प्रतिष्ठा आ ओकरा खातिर कुर्बानी के केंद्र में लेके बनल बा. रउआ सभे आवे वाला समय में ई फिल्मन के सिनेमाहॉल में जाके देख सकीलें. Source- https://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/bhojpuri-films-will-be-release-back-to-back-in-theaters-after-covid-19-bhojpuri-3867314.html

    4 views

Website Security Test